History, asked by prempalsingh111974, 5 months ago

आयरलैंड यूनाइटेड किंगडम का ऐसा कैसे बना​

Answers

Answered by Anonymous
9

Answer:

यूनाइटेड किंगडम ऑफ ग्रेट ब्रिटेन एंड नॉदर्न आयरलैंड[9] (United Kingdom of Great Britain and Northern Ireland), संछेप में यूनाइटेड किंगडम, जौना के आमतौर पर यूके या ब्रिटेन कहल जाला यूरोप के एगो संप्रभु राज्य बाटे। यूरोपीय मुख्य भूमि के उत्तर-पच्छिमी किनारे पर मौजूद यूनाइटेड किंगडम के अंतर्गत, ग्रेट ब्रिटेन (जवना के नाँव बोलचाल में अक्सरहा पुरा देस खातिर इस्तेमाल कइ दिहल जाला) आ आयरलैंड दीप के उत्तरी पूरबी भाग, अ अउरी बहुत सारा छोट-छोट दीप आवेलें।[10] उत्तरी आयरलैंड एक मात्र अइसन हिस्सा बाटे जवन कौनों दूसर राष्ट्र (आयरलैंड रिपब्लिक) के साथे जमीनी सीमा वाला बा।[नोट 6] एह जमीनी सीमा के छोड़ दिहल जाव तब यूके चारों ओर से अटलांटिक महासागर से घेराइल बाटे, जहाँ एकरे पूरुब ओर नॉर्थ सागर, दक्खिन में इंग्लिश चैनल आ दक्खिन-दक्खिन पच्छिम में सेल्टिक सागर बाड़ें। ग्रेट ब्रिटेन आ आयरलैंड के बीच के समुंद्र के आयरिश सागर कहल जाला। क्षेत्रफल में 93,800 वर्ग मील (243,000 किमी2) बिस्तार वाला यूनाइटेड किंगडम दुनिया के 78वाँ संप्रभु राज्य आ यूरोप में 11वाँ अस्थान पर बाटे। जनसंख्या के हिसाब से ई देस 21वाँ नम्बर के सभसे ढेर जनसंख्या वाला देस बाटे आ एकर जनसंख्या लगभग 65.1 मिलियन बाटे।[11] एही से ई यूरोपियन युनियन के चउथा सभसे घना आबादी वाला देस बाटे।[नोट 7][12]

Answered by Anonymous
1

Answer:

plz support the upper answer

Similar questions