काजीरंगा नेशनल पार्क हिंदी प्रोजेक्ट
Answers
Explanation:
काजीरंगा नेशनल पार्क भा काजीरंगा राष्ट्रिय उद्यान भारतीय राज्य आसाम के गोलाघाट, कार्बी आंगलोंग आ नगाँव जिला में बिस्तार लिहले एगो राष्ट्रिय पार्क बाटे। ई पार्क 1985 से यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल सभ में सामिल बा। ई एक सींघ वाला गैंडा खातिर परसिद्ध हवे जहाँ ई गैंडा सभ के दुनियाँ भर में तीन हिस्सा में से दू हिस्सा आबादी एही पार्क में बाटे।[1] आसाम सरकार के बन बिभाग आ कुछ जानल-मानल एनजीओ सभ के सहकार से मार्च 2018 में इहाँ गैंडा सभ के जनगणना भइल आ गैंडा सभ के कुल आबादी 2,413 पावल गइल। एह में से 1,641 पुरहर उमिर के (642 नर, 793 मादा, 206 बिना सेक्स के); 387 छोट-उमिर के (116 नर, 149 मादा, 122 बिना सेक्स); आ 385 बच्चा गैंडा रहलें।[2] 2015 में गैंडा सभ के आबादी 2,401 रहल। साथे साथ काजीरंगा में दुनिया भर के टाइगर रिजर्व सभ में से सभसे घन आबादी 2006 में दर्ज कइल गइल रहल (अब आसामे के ओरांग नेशनल पार्क एह मामिला में सभसे ऊपर बा)। एह पार्क में भारतीय हाथी, जंगली भँइस, आ दलदली हरिना सभ के मजिगर आबादी बाटे।[3] काजीरंगा के बर्डलाइफ इंटरनेशनल द्वारा चिरई खाती महत्व के इलाका के रूप में चिन्हित कइल गइल बाटे। काजीरंगा पशु-पक्षी के संरक्षण में आपन महत्व के अस्थान रखे ला। हिमालय के पूरबी हिस्सा में मौजूद जीवबिबिधता हॉट-स्पॉट में होखे के कारन इहाँ बनस्पति आ जियाजंतु सभ के काफी बिबिधता मौजूद बाटे।