India Languages, asked by amit8709111, 7 months ago

कोलकाता नगर अनुछेद संस्कृत में​

Answers

Answered by s1249sumana10422
2

Answer:

कोलकाता (पुरान नाँव कलकत्ता) भारत देस के पच्छिम बंगाल राज्य क राजधानी हऽ। हुगली नदी के पूरबी तीरे पर बसल ई शहर आर्थिक, ब्यापारिक आ सांस्कृतिक हिसाब से बहुत महत्व वाला शहर ह आ पूरबी भारत के सभसे बड़ शहर भी हवे; कलकत्ता बंदरगाह भारत के सभसे पुरान अभिन ले चालू बंदरगाह हवे आ अपना तरह के अकेल बंदरगाह हऽ जे नदी के सहारे बाटे। शहर के "सांस्कृतिक राजधानी" मानल जाला आ अंगरेजी में एकर "सिटी ऑफ ज्वाय" (आनंद के नगर) के रूप में परसिद्धी बा। साल 2011 के जनगणना के आँकड़ा अनुसार, कोलकाता शहर के कुल जनसंख्या 4.5 मिलियन (45 लाख) रहल, जबकि एकरा उपशहरी इलाका सभ के सामिल कइ के कुल जनसंख्या 14.1 मिलियन (141 लाख) रहल, एह हिसाब से ई भारत के तिसरा सभसे ढेर जनसंख्या वाला शहर बा। हाल के अनुमान सभ के मोताबिक कोलकाता मेट्रो एरिया के अर्थब्यवस्था के आकार $60 से $150 बिलियन (परचेजिंग पावर पैरिटी खाती जीडीपी के एडजस्ट कइ के) बाटे जेकरा चलते ई शहर मुंबई आ दिल्ली के बाद भारत के तिसरहा सभसे बड़ आर्थिक केंद्र भी बा

Explanation:

hope it help

Similar questions