Geography, asked by yadavbalveer358, 6 months ago

सिल्वीकल्चर और उसके गोदावरी की परिभाषा दीजिए​

Answers

Answered by itzBrainlymaster
3

Answer:

गोदावरी(कैथी:) नदी दक्खिन भारत में बहे वाली एगो महत्वपूर्ण नदी ह। ई महाराष्ट्र से निकल के बंगाल के खाड़ी में गिरेले। गोदावरी नदी भारत के दूसरी सभसे लमहर नदी हवे, गंगा नदी के बाद। एकरा निकसे के सोता महाराष्ट्र के त्रयंबकेश्वर में बा।[4] इहाँ से निकसे के बाद ई 1,465 किलोमीटर (910 मील) के दूरी तय करे ले जेकरे दौरान ई महाराष्ट्र (48.6%), तेलंगाना (18.8%), आंध्र प्रदेश (4.5%), छत्तीसगढ़ (10.9%), मध्य प्रदेश (10.0%), ओडिशा (5.7%), कर्नाटक (1.4%) आ पुद्दुचेरी (यनम) से हो के गुजरे ले आ अंत में बंगाल के खाड़ी में अपने सहायिका सभ के बिसाल नेटवर्क से एकट्ठा कइल पानी गिरावे ले।[5] एक थाला (बेसिन) लगभग 312,812 किमी2 (120,777 वर्ग मील) एरिया पर बिस्तार लिहले बा आ एह तरीका से ई भारतीय उपमहादीप के सभसे बिसाल नदी थाला सभ में से एक हवे; खाली गंगा आ सिंधु नदी के थाला एकरा ले बड़हन बाने।[6] लंबाई, थाला के साइज आ कुल पानी के बहाव, सभ मामिला में ई प्रायदीपी भारत के सभसे बड़ नदी ठहरे ले; मुला एही कारन एकरा के दक्खिन गंगा के उपाधि दिहल गइल होखी।[7]

Similar questions