Hindi, asked by jishabhRishabh8526, 11 months ago

Water falls essay in hindi

Answers

Answered by tanviksalunkhe
1

झरना एक किसिम के थलरूप होला जहाँ कौनों नदी के पानी अचानक ऊँचाई से लगभग खड़ा ढाल के सहारे नीचे गिरे ला।[1][2] एह थलरूप में निर्माण नदी भा जलधारा के रस्ता में कौनों किसिम के बेवधान के कारण होला। झरना के रूप कई किसिम के हो सके ला, ई एकही सिंगल धारा के रूप में हो सके ला भा कई गो धारा में छितरा के गिरे वाला हो सके ला; एक्के बेर में पूरा पानी ऊपर से नीचे आवे वाला (सिंगल ड्रॉप) वाला हो सके ला भा सीढ़ीदार तरीका के कई टुकड़ा-टुकड़ा में पानी नीचे गिर रहल होखे (कैस्केड झरना) अइसन भी हो सके ला। झरना, जेह में पानी लगभग खड़ा ढाल के सहारे गिरे ला, ओकरा से कम ढाल वाला बाकी तब्बो बहुत तेज बहाव वाला थलरूप के अंगरेजी में रैपिड के नाँव से जानल जाला।

आमतौर पर झरना नदी के रास्ता में आवे वाली कड़ेर आ मुलायम चट्टान के अगल बगल पावल जाए से बने लें जहाँ मुलायम चट्टान जल्दी कट के बह जाले आ कड़ेरकी चट्टान बचल रह जाले जेकरा ऊपर से पानी खड़ा-खड़ा नीचे के ओर गिरे ला। एकरे अलावा अउरी कई तरह के कारन से झरना के निर्माण हो सके ला।

भूगोलीय चक्र (जेकरा के नदी द्वारा कटाव चक्र भी कहल जाला) में झरना के नदी के युवाअवस्था के थलरूप मानल जाला। इहो मानल जाला कि आमतौर पर झरना छोट-छोट जलधारा आ नद्दी सभ के बिसेस्ता हवे, हालाँकि, कुछ बहुत बिसाल नदी सभ भी झरना बनावे लीं जइसे कि नियाग्रा के झरना।[3]


pratap1403: Hey
tanviksalunkhe: hi
tanviksalunkhe: how I can help you
Similar questions