History, asked by mdmanishagoyal, 5 months ago

1911 ईस्वी में किस क्षेत्र में पंजाब को अलग करके भारत की राजधानी बनाया गया था दिल्ली,पेशावर, लाहौर, काबुल

Answers

Answered by unicorn276
3

Explanation:

लाहौर (पंजाबी: لہور‎; उर्दू: لاہور‎) पाकिस्तान के पंजाब प्रांत के राजधानी हवे। जनसंख्या के हिसाब से ई कराची के बाद पाकिस्तान के दुसरका सभसे बड़हन शहर हवे।पाकिस्तानी पंजाब के उत्तरी-पूरबी हिस्सा में, भारत देस के पंजाब प्रांत के सीमा के लगहीं ई शहर बसल बाटे। लाहौर के गिनती दुनिया के बीटा-सिटी सभ में होला,[4] आ ई पाकिस्तान के सभसे धनी शहर सभ में आवे ला जहाँ के जीडीपी 2014 के अनुमान $58.14 बिलियन (PPP पर) रहल

लाहौर के पंजाब क्षेत्र के सांकृतिक राजधानी के रूप में जानल जाला, आ दुनिया के सभसे बड़हन पंजाबी शहर हवे। शहर के लमहर इतिहास बा आ ई हिंदू शाही, गजनवी, गोरी आ दिल्ली सल्तनत के शासन में रहल बा। मुगल काल में ई अपना चरम पर चहुँपल आ कई बरिस ले राजधानी भी रहल। एकरे बाद एह पर नादिर शाह के कब्जा हो गइल। कई ताकतन के बीच में संघर्ष जारी रहल आ ई शहर सिख साम्राज्य के राजधानी भी बनल। अंगरेजी राज में ई पंजाब प्रांत के राजधानी बनावल गइल। भारत आ पाकिस्तान के आजादी के लड़ाई में लाहौर शहर एगो प्रमुख केंद्र रहल आ पाकिस्तान के अलगा देस बनावे के प्रस्ताव लाहौरे में पास कइल गइल रहल। 1947 में पाकिस्तान बने के बाद लाहौर के पाकिस्तानी पंजाब के राजधानी बनावल गइल।

Similar questions